गुरुवार, 3 फ़रवरी 2011

ससुई के अंचरा क थाती हवे बेटी

ई त बेटी नाहीं देखीं गंगाजल हवे ना ।

ई त परम पवित्र तुलसीदल हवे ना ॥

नइहर ससुर में उमर बंटि जाला ,

सुखवा आ दुखवा के दिन कटि जाला ,

बारों मास फरे वाला ऋतुफल हवे ना ।

ई त बेटी नाहीं देखीं गंगाजल हवे ना ।।

जेकरा के दान कइले पपवा पराला ,

घुंघटा सफल जब अँचर भरि जाला ,

दूनोकुल तारे वाली ई तरल हवे ना ।।

माई के परान क पियार पाती बेटी ,

ससुई के अंचरा क थाती हवे बेटी ,

अपना पति खातिर माया ई प्रबल हवे ना ।

ई त बेटी नाहीं देखीं गंगाजल हवे ना ।।

देवता के आगे पूजा थार हवे बेटी ,

हियरा के हीर आंसू धार हवे बेटी ,

कीच काच बीच कंचन कमल हवे ना ।

ई त बेटी नाहीं देखीं गंगाजल हवे ना ।।

नाजुक सनेहिया के डोर हवे बेटी ,

मघवा आ पुसवा के भोर हवे बेटी ,

सबका होठे होठे गीत आ गजल हवे ना ।।

सीमा वाले सइयां कर कटार हवे बेटी ,

भइया के कलाई के दुलार हवे बेटी ,

पति , पुत्र अरु पृथ्वी के बल हवे ना ।

ई त बेटी नाहीं देखीं गंगाजल हवे ना ।।

अन्नपूर्णा लक्ष्मी सरस्वती कहाले ,

होला जब समर रणचंडी बनि जाले ,

अबला कहाले पर सबल हवे ना ।

ई त बेटी नाहीं देखीं गंगाजल हवे ना ।

2 टिप्‍पणियां:

  1. कितना सुंदर गीत है इसका पॉडकॉस्ट भी लगाइये।
    शीर्षक, शीर्षक वाले कॉलम में डालिए। ताकि शीर्षक को क्लिक करते ही पूरी पोस्ट सभी कमेंट के साथ दिखाई देने लगे।

    जवाब देंहटाएं
  2. ई त बेटी नाहीं देखीं गंगाजल हवे ना
    बहुत सुन्दर भोजपुरी गीत ..

    जवाब देंहटाएं